किसान और सरकार के लिए
कुछ लोगों ने कहा यू. पी. में का बा,तो सुने यू. पी. में बहुत कुछ बा।
किसानन के सिर पर घाम बा, आलू प्याज कै दाम बेकार बा, तो सुने यू. पी. में बहुत कुछ बा।
खाद, डीजल पेट्रोल कै दाम अपार बा,तो सुने यू. पी. में बहुत कुछ बा।
गड्ढा मुक्त वाली सरकार बा, एक्सप्रेस वे की भरमार बा ,तो सुने यू. पी. में बहुत कुछ बा।
अयोध्या में राम मंदिर कै विकास बा, हर तरफ आवारा पशु से किसान परेशान बा, तो सुने यू. पी. में बहुत कुछ बा।
हर घर टोटी पहुंचाने वाली सरकार बा, बे मौसम बारिश से किसान परेशान बा,तो सुने यू. पी. में बहुत कुछ बा।
फ्री राशन की भरमार बा, किसान कै सौदा बेकार बा,
तो सुने यू. पी. में बहुत कुछ बा।
G 20 से इन्वेस्टर्स कै भरमार बा, फिर भी किसानन कै बेटा बेरोजगार बा,तो सुने यू. पी. में बहुत कुछ बा।
योजना पे योजना लावै वाली सरकार बा, फिर भी मंहगाई अपार बा, आलू – प्याज कै दाम बेकार बा तो सुने यू. पी. में बहुत कुछ बा।
नई शिक्षा नीति लावै वाली सरकार बा,फिर भी टीचर कै वैकेंसी बेकार बा ,तो सुने यू. पी. में बहुत कुछ बा।
पूंजीपति वाली सरकार बा , फिर भी किसान परेशान बा, किसानन कै सौदा बेकार बा,तो सुने यू. पी. में बहुत कुछ बा।
विकास मौर्य ई कहत बा, भगवा वाली सरकार बा, फिर भी किसानन कै सिर पर घाम बा,तो सुने यू. पी. में बहुत कुछ बा। हमारी सभी कहानियों को पढ़ने के लिए missonstoris.blogspot.com पर जाकर पढ़े ।।
🙏🇮🇳🇮🇳🖊️🖋️📘📝✍️💐🌹📙🙏
भारत माता की जय, वंदेमातरम जय हिन्द
लेखक – DRx विकास मौर्य
Comments
Post a Comment